अमुवा महुवा के झूमे दरिया -2- तनी ताका ना बालम -2- बलमुआ हमार ऊरिया -2- अमुवा

 अमुवा महुवा के झूमे दरिया -2-

तनी ताका ना बालम -2- बलमुआ हमार ऊरिया -2- अमुवा



मोजर गइले, महुवा कोसाई गइले -2-

रसवा से भर गइले कुल दरिया -2-

तनी ताका ना बलमुआ हमार ऊरिया -2



महुवा बिनन हम गइनी, महुवा बगिया -2-

रहिया जे चेकले, देवार पपिया -2-

तनी ताका ना बलमुआ हमार ऊरिया -2



कोइली के बोली सुनि मन बौराय गइले -2-

नहीं अइले हमारो बलम रशिया -2-

तनी ताका ना बलमुआ हमार ऊरिया -2


Comments

Popular posts from this blog

मोर सैया तो हैं परदेश में क्या करूँ सावन को

सोने वाले जाग जा संसार मुसाफिर खाना है,

बसो मोरे नैनन में नंदलाल।