अमुवा महुवा के झूमे दरिया -2- तनी ताका ना बालम -2- बलमुआ हमार ऊरिया -2- अमुवा
अमुवा महुवा के झूमे दरिया -2-
तनी ताका ना बालम -2- बलमुआ हमार ऊरिया -2- अमुवा
मोजर गइले, महुवा कोसाई गइले -2-
रसवा से भर गइले कुल दरिया -2-
तनी ताका ना बलमुआ हमार ऊरिया -2
महुवा बिनन हम गइनी, महुवा बगिया -2-
रहिया जे चेकले, देवार पपिया -2-
तनी ताका ना बलमुआ हमार ऊरिया -2
कोइली के बोली सुनि मन बौराय गइले -2-
नहीं अइले हमारो बलम रशिया -2-
तनी ताका ना बलमुआ हमार ऊरिया -2
Comments
Post a Comment