कवनी नगरीया मोरा सईया जी के डेरा सखी हो -2
कवनी नगरीया मोरा सईया जी के डेरा सखी हो -2 कइसे जईबे ना अनजानी रे डगरिया राम -2 अबले त रहनी हमहु बारी रे अनारी राम-2 अबले त रहनी -3 सखी हो भारी भइली ना हमरी -2 चढली उमिरीया राम -3 कवनी नगरिया मोरा सइया जी के डेरा...... कलना पडेला निसदीन कसकेला जियरा राम-2 कलना पडेला -3... बिरही नैना ना बरसे सखी हो -2 आठो रे पहरीया राम बिरही नैना ना बरसे कवनी नगरिया मोरा......... जईसे बडेला तिन तिन दुईजी के चंदा -2 जईस बडेला -3 सखी हो ओईसे बढे ना हमरा -2 बिरह के घडीया राम-2 कवनी नगरीया........